कैटाबैटिक हवाafsc Qe Z PKmex FfSs YyMa00% %rcd Er 8kex 4
अंटार्कटिका में कैटाबैटिक हवा के उत्पत्ती देखावत चित्र
कैटाबैटिक हवा या कैटाबैटिक पवन भा ड्रेनेज विंड (अंगरेजी: Katabatic wind) कौनों ऊँचाई वाला इलाका में हवा के ठंढा हो के भारी आ सघन (ढेर घनत्व वाली) हो जाये के बाद ढाल के सहारे नीचे की ओर बहे वाली हवा के कहल जाला। आमतौर पर ई बहुत तेज बहे वाली हवा ना होली, हालाँकि, अगर हवा बहुत ठंडा हो जाव आ घाटी के हवा तुलना में पर्याप्त गरम होखे तब एकर स्पीड बहुत ढेर भी हो सकेले।
धियान देवे के बात इहो बाटे की सगरी अइसन हवा जे ढाल के सहारे नीचे के ओर बहे लीं, कैटाबैटिक हवा ना होलीं। कैटाबैटिक हवा के प्रमुख उदाहरण नीचे दिहल जात बाटे -
- बोरा - एड्रियाटिक तट के इलाका में
- सांता ऍना - दक्खिनी कैलिफोर्निया में
- ओरोशी - जापान में बिचला होंशू से जापान सागर के ओर मौजूद कांतो मैदान के ओर; जापानी में ई नाँव कैटाबैटिक हवा के पर्यायवाची के रूप में भी इस्तेमाल होला।
- दि बार्बर - न्यूजीलैंड में, ग्रेमाउथ के ऊपर से।
संदर्भ[संपादन]
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |